Home / About Us / Contact us    
INDIAI DIASPORA FILM RAMAYAN CRICKET BHOJPURI VYAKARAN BHOJPURI SAHITYA VIDEO BLOGS SHOWS PHOTOS  
TUBAAH MOVIES MUSIC HEALTH GOOD TIMES RECIPES GADGETS IMAGINE  
CLASSIFIEDS JOBS AUTO GIFTS  


महाबल मिश्रा आ विजया भारती सम्मानित
दिल्ली के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति मंच सम्मानित कइलस।

भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती

 

 
विहाने-विहाने देखीं राजाजी बन जाई जतरा ......


 

महुआ के विहाने- विहाने लोगबाग़ के दिनचर्या में शामिल हो गइल बा. अजीत- आनंद आ छवि पाण्डेय के सुन्दर छवि निहारत आ वंदना -प्रार्थना सुनत लोग चाय के चुस्की त लेबे करेला, साथही विहाने -विहाने में गाँव-गिराँव से खोज-खाज के ले आइल हीरा गायकन के अद्भुत गायिकी के आनंद भी उठावेला.

अजीत आनंद के सफल एंकरिंग आ छवि के चोन्हा, नखरा भा छाव-भाव के छौंक से लबरेज इ कार्यक्रम शहर आ देहात सब जगह खूब लोकप्रिय बा. अउर त अउर योगा, राशिफल आ यात्रा के इनर्जेटिक कैप्सूल एह संगीतमय प्रस्तुति के अउरी चटकदार आ सफल बना देले बा. काहे से कि विहाने- विहाने के माध्यम से लोग देश के तमाम दर्शनीय स्थल के बिना टिकटे के दर्शन क लेता. योगा से देह आ स्वास्थ्य बनावता आ राशिफल से आपन जतरा देख के दिनभर के रूटीन तय करता.

त रउरे सोचीं कि एकहीं प्रोग्रमवा में हेतना आइटम मिली त के ना देखीं जी. उहो अब त दिन प दिन विहाने- विहाने के सेट आ लुक अउरी लुभावन होत जात बा. अब इ पहिले वाला विहाने-विहाने नइखे. जवना के चलते कुछ लेट-लतीफ उठे वाला लोग अब ब्रम्ह्मुहुर्त में जागे लागल बा.

किसिम -किसिम के गायक-गायिका से फजीरे-फजीरे किसिम -किसिम के गाना सुने के मिलता. ओह गायक के विकास-यात्रा देखे के मिळत बा. कुछ लोग त महुआ के विहाने- विहाने के माध्यम से हीं अपना प्रेमिका भा फियान्सी के लव-मैसेजो भेज देता आ बुझे वाला बूझ जाता. अभी कुछ दिन पहिले युवा गायक धर्मेन्द्र कुमार सिंह विहाने- विहाने में आइल रहलें. उनका गाना पर पूरा महुआ झूमे लागल. गाना के बोल रहे ' बढ़ते जाता दिल के दरदिया, गोरिया तोहरा बिन ' अइसे कहिया ले हम काटीं दिनवा अंगूरी पर गिन-गिन'
एंकर अजीत आनंद के माथा ठनकल आ ऊ पूछलें, '' ए जी रउरा गने गावत रहनी ह नू .? हमरा त बुझाता कि एह गानावा के बहाने रउरा केहू से अपना दिल के हाल सुनावत रहनी ह.'

धर्मेन्द्र मुसकुरात कहलें ' ना अइसन कवनों बात नइखे. बाकिर उनकर चेहरा लाल होत आ उनका के शरमात देख के अजीत के कुछ शक भइल आ उ आगे पूछले -
इ गाना रउरा लिखले बानी ?
धर्मेन्द्र कहलें 'ना.....मनोज भावुक जी के लिखल ह' '
अच्छा, बैचलर बानी कि ?'
धर्मेन्द्र कहलें अभिये सगाई भइल ह. १७ नवम्बर के शादी बा त अजीत- आनंद आ छवि पाण्डेय ठठा के हंसत कहल लोग - " बूझ गइनी जा'' .
विहाने -विहाने एक दिल के आवाज दोसरा दिल तक भी पहुँचावत बा. कुल मिलाके ई एगो बहुत सफल कार्यक्रम बन गइल बा.

शुरू-शुरू में विहाने -विहाने में जब छवि पाण्डेय अजित आनंद के साथ अइली त भोजपुरी बोले में भा कैमरा फेस करे में उनका तनि सा झिझक होत रहे लेकिन, अब त उ वैशाली सुपर फास्ट एक्सप्रेस बन गइल बाडी ....... जवन की नई दिल्ली से खुलततिया त पूरा उत्तर प्रदेश घुमावत बिहार ले पंहुचाइए के दम लेतिया कहे के मतलब कि उनका में रफ़्तार आ रवानी आ गइल बा एही से उनका दिवानन के तादाद दिन प दिन बढ़ते जाता आ लोग उनका से मिले के सपना देखत गावता -----"बढ़ते जाता दिल के दरदिया, गोरिया तोहरा बिन, 'अइसे कहिया ले हम काटीं दिनवा अंगूरी पर गिन-गिन.............


श्री दिनेश तिवारी (लखनऊ): हमरा त विहाने विहाने के सभ शो अच्छा लागेला........ और विहाने विहाने के जवाब नहिखे....

श्रीमती आशा श्रीवास्तव (लखनऊ) : बहुत अच्छा लागत ता ............ अजित जी अच्छा से अन्करिंग करत तारन.. उनके बहुत बहुत बधाई.

श्री सुभाष सिंह ( सारण ढाला छपरा) : सबेरे सबेरे उठ के विहाने-विहाने देख के चतरा बन जाला ... औरी आजकल सारा काम फटा फट हो जाता...... अजीत आनंद के त जवाब नहिखे...... उ त हेमरे गाँव रामकोला के पास ही उनक्रो गाँव ह..... उ त आज कल भोजपुरिया जवान के आदर्श बन
गइल बाडन औरी उनकर साथै छवि के जोड़ी खूब जमात ता....

श्री अशोक चौबे (आगरा) : विहाने विहाने के जवाब नहिखे... चाय के चुस्की के साथै विहाने विहाने देखे के मज़ा ही कुछ और बा .... जवन हम शब्दन में व्यान ना कर सकेनी....... प विहाने विहाने के जवाब नहिखे.............

श्री आनंद जी सहाय (पटना) : बहुत शानदार शो बा ......... इ शो में सभी कुछ बा ......... जवन हमर पूरा परिवार ७:३० से ८:३० तक बिना आने ओने हिले डेली देखे ला ...............

श्री नीरज कुमार देव (मंडावली, दिल्ली): बिहाने बिहाने में अजित आनंद के गाना बहुत लागेला, यात्रा में भी विहाने विहाने ले जायेला, जे से देश के अलग अलग स्थान पर घुमे के मउका मिले ला.

श्री अरविन्द कुमार (सलेमपुर, देवरिया) : नया नया गायकन के गाना सुने के मिले ला विहाने विहाने में............ इ जोड़ी बहुत सुंदर लागत ता ........ इ दुनु लोग बड़ा अच्छा काम करत बा.

गमला देवी (दिलिपनगर, कुशीनगर): बहुत सुंदर शो, हम अपना पूरा परिवार के साथै इ विहाने विहाने देखिसन. विहाने विहाने के नइका लुक औरी नइकी चावी अजीत आनंद के साथै काफी अच्छा लागत दिया........... और इ शो में चार चाँद लग देले बाड़ी.

श्री पंकज कुमार (सिसवन ढाला, लक्ष्मीपुर): अब बहुते अच लागत विहाने विहाने, अब देखला पर आंखी सकूँ मिळत ता... जोड़ी अब जाके सही जोड़ी महुआ ले के आइल बा.... ना त पहिले बे मेल के जोड़ी रहे.... महुआ के धन्यबाद !!

श्रीमती गमला देवी (दिलिपनगर, कुशीनगर): बहुत सुंदर शो, हम अपना पूरा परिवार के साथै इ विहाने विहाने देखिसन. विहाने विहाने के नइका लुक औरी नइकी चावी अजीत आनंद के साथै काफी अच्छा लागत दिया........... और इ शो में चार चाँद लग देले बाड़ी.


 

: कुलदीप श्रीवास्तव


 


 
   
 
 
आज के समय सभसे हॉट नायिका पाखी हेगडे भोजपुरीयन के दिल की धड़कन बाडी। तनीयो कही उनकरा शादी के बाद होला चाहे उह कोनो फिल्म आ टीवी शो में ही .....
 
   

आठ हजार करोड़ के भी बनाई भोजपुरी फिल्म
बरखा में जलवा मुन्नी बाई के
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 


  Copyright © 2001-2009 Purvachal Express. com 1.800.371.1224 • editor@purvachal express.com • Privacy Policy