भोजपुरी फोक के मलिका, हाँ जी इ सुनला पर एकही आवाज अउर चेहरा सामने आवेला, सिंगर कल्पना | कल्पना भोजपुरिया के सबसे पोपुलर गायिका बाड़ी - ई बात पूर्वांचलएक्सप्रेस.कॉम पर भईल वोटिंग से साबित हो गइल | सिंगर कल्पना के सबसे ज्यादा 48.73% वोट मिलल, दूसरा स्थान पर लोक-संगीत के गायिका मालिनी अवस्थी के 32.28% वोट मिलल और तीसरा स्थान पर सिंगर देवी के 16.77% मिलल | खैर सिंगर कल्पना के आवाज़ और प्रतिभा देके भगवान उनकरा के एकर हकदार भी बनवले बाड़न, लेकिन भोजपुरी अउर कल्पना के बात कइल जाव त निष्कर्ष कुछ अउर निकलत बा।
छठ के दिन रहे अउर कल्पना से भेंट करे के समय मिलल रहे | महुआ टीवी पर उनकर साक्षातकार के बाद उ पूर्वांचल एक्सप्रेस से बातचीत के समय देहले रहली | घण्टा भर के लमहर इन्तजार के बाद समयाभाव के कारण अगला दिन तक मुलाकात टाल दिहल गइल | अगला दिन भी, सुबह से शाम तक इन्तजार के बाद मिले के मउका ना मिलल, त एकरा बाद कल्पना अउर उनकर भोजपुरी में योगदान के बारे में सोचे के पड़ल। आज कल्पना के भोजपुरी गीतन के सफर में नीमन गीत त बस गिनल चुनल बा जेकरा के याद रखल जा सकेले | अश्लील गीत सोचला पर एक साथ 100 याद आवेला, अउर बच्चा-बच्चा के जुबान पर अइसने गीत बा, भोजपुरी में मधुर आवाज़ के आड़ में अश्लीलता के ढुकवला के सबसे बड़ा योगदान शायद इनकरे बा, एकरा बाद भी भोजपुरी के खातिर इनकरा पास समय नइखे।
आज सवाल इ नइखे कि भोजपुरी समाज कल्पना के अपनवले बा, अगर कौनो चीज़ अपनावे वाला होखे त अपनावे के ही चाही, लेकिन, अपनौवला के बाद ओकरा फायदा अउर नुकसान के बारे में थोड़ा सा त सोचे के चाहीं | काहे कि आज यूपी आ बिहार के अलावा हर राज्य में भासा के ले के लोगन के साथ विपरीत विचार बा, अउर भोजपुरी में भी पुरूष आ महिला प्रतिभाशाली गायकन के कमी नइखे। कल्पना के इ सब बात उनकर महुआ टीवी पर प्रसारित साक्षात्कार पर ही आधारीत बा |
सबसे पहिले त ई जान लीं कि कल्पना के जनम एगो असामी परिवार में भईल | असामी अउर बिहारी (भोजपुरी) के रिस्ता त आज जग जाहिर बा, फिर उ बतवली की बचपन में उनकर संगीत में कोनो रुचि ना रहे, अउर उनकर संगीत के कैरियर के शुरुआत एगो अंग्रेजी गीत से भइल रहे | हिन्दी, भोजपुरी के अलावा भारत के 18 भासा में उ गीत गावेली, लेकिन उनकर प्रतिभा, उनकर आवाज के सबसे जादा भोजपुरी जनता अपनवलस | भोजपुरी से ही उनकरा दौलत-शोहरत अउर पहिचान मिलल | भोजपुरी लोग भोजपुरी भासा उनका के अपना बेटी, आ बहिन के भेस में अपनवलस ले लेकिन कल्पना भोजपुरी के का देहले बाड़ी, इ सोचल आज जरूरी हो गइल बा। बस एक बार उनका के देखला, समझला उनकर सहयोग देहला के जरूरी बा, नाहीं त भोजपुरी के पहिचान, बिकाउ, सस्ता अउर अश्लील बनल रही। कल्पना आजुवो भोजपुरी के बेटी बाड़ी, भोजपुरी गाना के जान बाड़ी | जे उनकरा इतना सम्मान देलस, पहचान देलस, अइसन भोजपुरिया लोगन और भोजपुरी भाषा के नज़र अंदाज़ करल उचित नइखे | भोजपुरी फोक के मलिका कल्पना से भोजपुरी इन्साफ माँगी आज नाहीं ता काल | भोजपुरिया समाज से लेबे वाला के कुछ देबहूँ के चाहीं |
अगर इश्क बा, त करs हमसे रानी
मोहब्बत में तनकी करे द नादानी,
बहुत खुबसूरत बा जिनगी के इ पल,
बहुत खुबसूरत भइल बा जवानी,
माँग के देखा, करब कौनो कुर्बानी
मत भुला हमके, जे बनवलस तोहके रानी
:- कुलदीप श्रीवास्तव
अगिला वोंटिग
रउआ लोगन के मुताबिक सबसे बडीया तराना अउरी गीत लिखेवाला गीतकार के बा?
विबिन बहार
मोतिलाल मंजुल
विनय बिहारी