 |
|
 |
| |
आठ हजार करोड़ के भी बनाई भोजपुरी
फिल्म |
|
|
|
मुंबई। भोजपुरी
भासा के लोगन खातिर इह एगो खुशी से झूमे खातिर खबर बावे। टेली
कम्युनिकेशन अउरी सिक्यूरिटी के क्षेत्र में दुनिया भर में आपन
धाक जमावे वाला कारपोरेट कंपनी फ्रंट लाईन भी अब भोजपुरी फिल्म
निर्माण में कूद पडल बावे अउरी आपन पहिल फिलिम खातिर इह कंपनी
भोजपुरियन के हृदय सम्राट मनोज तिवारी के बतौर नायक साईन कइले
बिया। आठ हजार करोड़ के टर्नओवर वाला इह कंपनी खास तौर प फिल्मन
खातिर एगो अलगे विंग बनइले बा, जेकर नाव ह फ्रंट लाईन इंटरटेनमेंट।
फ्रंट लाईन कंपनी के चेयरमैन संजय सिन्हा बारेन। संजय सिन्हा
के मुताबिक हमनीसन भोजपुरी फिलिम निर्माण में उतरने से पहिले
बाकायदे दुनिया भर में भोजपुरी फिल्मन के चाहे वालन प सर्वे
करइनीसन अउरी भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी के लेके आपन कंपनी
के पहिले भोजपुरी फिलिम बनावे क निर्णय लेले बानीसन आ मनोज तिवारी
के साईन कइनीसन। एह फिल्म के बजट ढाई करोड़ रुपये होई अउरी मुंबई
में आयोजित एगो बडन समारोह में फिलिम के विधिवत लांचिंग कइल
जाई।
|
|
|
|
 |


|
![]()  |