Contact : 91-11-43022731
   editor@puravanchalexpress .com
 पहला पन्ना | भोजपुरी | साहित्य | समाचार | फिलिम | संगीत | बिहार | झारखंड | उत्तर प्रदेश | दिल्ली | बडहन खबर | क्रिकेट
 व्यापार | कारोबार | राशिफल | हलचल | जिनदगी | अभिनेता | गायक | साहित्यकार | मनोज भावुक | विश्व पटल पर भोजपुरी
 
 


भोजपुरी के बोल बाला आज पुरा भारत में त होइए गइल बा , बाकिर ....

जैकी श्राफ एक भोजपुरी फिल्म 'हम हईं खलनायक' में अभिनय करे....

रवि किशन कम्पाउडल बनके आ रहल बारेन श्याम बेनेगल के फिल्....

भोजपुरी फिल्मों के सुपर स्टार रवि किशन एकमात्र ऐसे अभिन....

भोजपुरी फिल्मन के स्टार अभिनेत्री रानी चटर्जी के ठुमका ....

पद्मश्री शारदा सिन्हा जी के जन्म दिन  पर उनकरा के हार्....

आजु १ अक्टूबर के पटना के रिजेन्ट सिनेमा घर में भोजपुरी फ....

भोजपुरी फिल्मन में जदी एक्शन के बात कइल जाव त सुदीप पाण्....

66 बरिश के भइलन पुर्वांचल के लाल अउरी सदी के मह....

भोजपुरी फिल्मन के सुपरस्टार रवि किशन काओर कारपोरेट जगत ....

बिहार के एगो पारम्परिक गीत ह "चलनी के चालल दुलहा सुप के ....

भोजपुरी फिलिम निरहुआ रिक्शावाला, निरहुआ चलल ससुराल, गवन....

पाखी हेगड़े!  हाँ भाई, हाँ भउजी, हाँ काका, हाँ काकी, आजु इ न....

भोजपुरी फिल्मन के सिल्वर जुबली सुपरस्टार दिनेश लाल याद....

अभय सिंहा नाया पिढी के उह निर्माता में शामिल बारेन जे भो....

भोजपुरी फिलिम आजु भले ही प्रगति की ओरी बडा तेजी अग्रसर ब....

पहलवानी के बदउलत गठल कसरती देह। लिलार से फूटत तेजस्विता....

हमार दिवाली आईल
दियरी बहुत जलवनि हम
....

भोजपुरी फिलिम के सुपर स्टार अउरी भोजपुरी रतन रवि किशन क....

फ़िल्म स्टार बनल आसान काम नइखे | लेकिन भोजपुरी फ़िल्म इं....

भोजपुरी के दुनिया में कइगो पोपुलर कलाकार, अभिनेता, अभिन....

भोजपुरी फिलिमी लोग मुंबई छोड़े के आपन मन बना रहल बा। तकरी....

भोजपुरी फ़िल्म इंडस्ट्री के मुंबई से बहार जाए के ख़बर क....

सुपरहिट भोजपुरी फिलिम "लागल रहऽ ए राजा जी" फेम निरमात....

मुंबई। देशद्रोही के निर्माता-निर्देशक कमल खान एह फ़िल्....

भोजपुरी फोक के मलिका, हाँ जी इ सुनला पर एकही आवाज अउर चेह....


बडहन खबर

असम में भइल 11 सिलसिलेवार धमाका
कुर्सी पर बइठते इरादा नकेल कसे के
मुशरफ बनाम पाकिस्तान

उत्तर प्रदेश                              

राउर स्वागत बा भारत के पॉचवा सबसे बडा राज्य में
आजु विधानसभा में भारी हंगामा भइल
आजादी के बाद के सभी नेताओं की संपत्ति की हो जांच भी हो



बिहार                            

रउआ लोगन के स्वागत बा बिहार राज्य में
बिहारी भिखारी ना होलन : नीतिश कुमार
राष्ट्रीय पुरस्कार खातिर सबौर कॉलेज चयनित हो गइल
Photogallery



VIDEOS
more videos... .

    राउर बिचार
  Q. रउआ लोगन के हिसाब से वेलकम टू सजनपूर में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के काम कइसन लागल?
 




 

बिचार अउरी खोज-खबर

Feedback

Farzana from India says: We should
educate our youth and let them lead the country.

बिचार
छोट से बड़ ले सभकर सम्मान बा, पुरब के बानीसन इहे गुमान बा।. छ| ोट से बड़ ले सभकर सम्मान बा, पु

 
 
  जलवा महुआ टीवी सीरियल के

आजु जे तरह से महुआ टीवी आपन रंग फइला रहल बा अपना सीरियल अउरी प्रोग्राम से, एह समय महुआ चइनल के सीरियल अउरी हिन्दी सीरियलन से प्रतियोगिता में बुझाता नंबर एक हो जाई। काल्हु ले हमरा घरे,आस पडोस अउरी दोस्त-यारन किहाँ के लोग हिन्दी सीरियल - मै बनुगी तेरी दुल्हन, मायका, कसौटी जिन्दगी के, कस्तुरी, कसम से, सात फेरे, अउरी बिग बॉस देखत रहे से छोड़ के महुआ टीवी के सीरियल देख रहल बा लोग। आजु लोग खाली महुआ टीवी अउर प्रकाश झा के बारे में बतिया रहल बा। लोग के महुआ टीवी पर प्रकाश झा के बनावल सीरियल बाहुबली सोहाता, लोग के मुताबिक आजु के तारीख में कउनो अइसन पावरफुल सीरियल कउनो भाषा में आ कउनो अउरी चइनल पर नइखे लउकत। ई सीरियल देखला के बाद त हमरा फिल्म शूल, गंगा जल अउरी अपरहरण याद आ रहल बा। एह में सभ लोगवे आपन काम बहुते जबरस्त तरीका से कइले बा।

अपराध के छांह में पनपल राजनीति के सच्चाई बखानत "बाहुबली"

उत्तर भारत के समाजिक, आरथिक आ राजनीतिक हालात के चलते बेरा कुबेरा कैगो बाहुबलिअन के जनम भइल....आ एह बाहुबलिअन के पइसा, पावर अउर सत्ता के खेल में हरमेस आम अदमी के मोहरा बनाके पेस कइल जात रहे....हर बेर टूटल-छिटाइल सपनओ आम अदमी के एगो नवका विचार देत रहे....जेकरा दम पर ऊ साँच आ विस्वास के लड़ाई लड़त अउर जीतत रहे....बाहुबली ओही जीत के कहानी ह....
महुआ चइनल पर चल रहल एह सीरियल के निरमान हिन्दी सिनेमा के नामी आ प्रतिबद्ध निरमाता प्रकाश झा आ चर्चित यूवा निर्देसक अंशुमान किशोर सिंह निर्देसित कइले बाड़न। सीरियल के कथा, पटकथा आ संवाद साफगोई से कमल पाण्डेय के लिखल ह।

अमर शहीदन के लहू से लिखल गाथा ह "बलिया क्रान्ति १९४२"

जदी केहू रउवा से ई पूछे कि अपना देश के आजादी कब मिलल रहे त रउवा बेहिचक बता देम १९४७ में....बाकिर, का रउवा ई जानऽतानी कि अपना देश के एगो जिला अइसनो बा जे अंगरेजन के राज से १९४२ में आजाद हो गइल रहे? ना खाली आजादिये मिलल बलुक ७ दिन ले ऊ लोग आपन सरकारो चलावल! उहो अइसन सरकार जेह में गाँव के सीधा साधा लोग रहे.... जे कब्बो सोचलहूँ ना रहे कि आजादी सभसे पहिले ओही लोग के भेटाई...

महुआ चइनल पर चल रहल "बलिया क्रान्ति १९४२" सीरियल में अमर शहीद चित्तू पाण्डेय आ उनुकरा संघतियन के संघर्ष के दास्तान देखावल जा रहल बा। ई सीरियल ए.एस.आर. टेलीफिल्म्स के बइनर में बनल बा आ ऐकर निरमान आसिफ ताह आ निर्देसन शूजा अली कइले बाड़न।

सम्वेदना से लथपथ बा "डोली सजा के रखीहऽ"

तीन गो बेटियन से भरल पूरल परिवार के अइसन कहानी जेकर मतारी बाप अपना बेटियन पर गुमान करऽता.... बाकिर बड़की बेटी के उठावल एगो अइसन डेग.... जवन कि एह परिवार के हिला के रख देता.... आ मझलकी बेटी के जिनगी दाँव पर लाग जाता.... एही तरेह से भावनात्मक आ सम्वेदना से लथपथ परिवार के कहानी आगे बढ़ऽता....

महुआ चइनल पर आ रहल एह सीरियल के लेखक आ निर्देसक आकाश दीक्षित बाड़न जे कि देश के पहिला डेली सोप "शांति" लिखले रहलन। निरमाता अनीस देव के बनावल एह सीरियल में ॠषभ शुक्ला आ जयश्री टी जइसन नामी कलाकार लोग मेन रोल में बा।

अझुराईल रिस्ता नाता के दास्तान ह "मेहन्दी तोहरा नाम के"

आकांक्षा अउर राजीव के आपस में बहुत पियार बा....दुनू जाना के बाप लइकाईये के दोस्त आ बिजनेस पार्टनर ह लोग....ई लोग लईकन के पियार के रिस्ता में बान्हे के फयसला करऽता....बाकिर समय के फेर अइसन होता कि सुसील आ संस्कारी आकांक्षा पर बदचलन आ कुलछनी भइला के दोष लाग जाता....ऐकरा अलावे ऊ एगो हत्या कर जुरुम में जेल हो जाता....दुनू परिवार के दोस्ती में दरार पड़ि जाता....एही तरीका के तमाम उतार चढ़ाव के साथे कहानी आगे बढ़ऽता।

विजुअल नेट इंटरटेनमेन्ट का बइनर में बनल आ महुआ चइनल पर आ रहल एह सीरियल के निरमाता मेहुल बूच आ निर्देसक सुनील सोचक बाड़न।

सोहागिन के संकल्प ह "सातो वचनवा निभाईब सजना"

तनूजा एगो खात पीअत परिवार के लइकी हिअ....परिवार में दुगो बहिन, एगो भाई, मतारी, बेवा फुआ आ मास्टर बाप बा....बाप के कै बरीस से तनखाहे नइखे मिलल....तनूजा अपना परिवार के आगे बढ़ावे के तुगत में बिया....दोसरा तरफ एगो परिवार ठाकुर सूर्य प्रताप सिंह के बा....उनुकरा परिवार में मेहरारु के अलावे बा तीन गो बेटा, दू गो पतोह आ एगो बेटी....धन असबाब सभ बा बाकिर दुनू बड़का लड़ीकन के विचार बाप से फरके बा....छोटका बेटा हर तरेह से बाप के साथ देवे के चाहऽता बाकिर एगो हादसा में ओकर यादास्त भुला जाता....तनूजा एही परिवार में आवऽतिया आ दुनू परिवार के सम्हारे में लाग जाऽतिया....
महुआ चइनल पर आ रहल एह सीरियल के निरमान अक्स क्रिएशन का बइनर में भोजपुरी फिलिम उधोग के महानायक कुणाल सिंह कइले बाड़न आ निर्देसक आरती भट्टाचार्य हई़।

माई के ममता से सउनाईल "अँचरा के मोती"

हमनी के समाज में हरेक रिस्ता के एगो नांव दिहल गइल बा....जइसे कि माई....ई खाली नांवे ना ह....एगो एहसास ह....आउर एह में लुकाईल बा पियार, बलिदान आ ममता....बाकिर हमनी के समाज कुछु रिस्ता के बिना सोचले बुझले नांव देले बा.... एही से जब....माई के आगे सउतेला लाग जाला त ऊ बन जाली मैभा मतारी....अउर एकदम से ओकर माने आ एहसास बेल्कुले बदल जाला....अउर एह रिस्ता में आ जाला खीस, जलन....डाह....आ चलाकी....अउर एकाएकी पियार से सजल सभ रिस्ता हो जाला सउतेला....बाकिर एही रिस्ता के एगो निमन नांव दिहल चाहऽतारी....आउर मैभा माई के बीच के दुरी मेटावल चाहऽतारी....एह सीरियल के मुख्य पात्र माई....

महुआ चइनल पर आ रहल एह सीरियल के निरमान कर्मभूमि फिल्म्स का बइनर में मीनाक्षी जैन कइले बाड़ी आ निर्देसक मनीष जैन बाड़न।

   
 
 
 
Quick Search
Search For

 
 
   
 
   
   
                भोजपुरी हलचल
 
रवि किशन : भोजपुरियन के नज़र में सबसे टॉप भोजपुरी फ़िल्म स्टार
महुआ टी.वी. पर "बिरहा दंगल"
गइलीं गाँव, गाँव से भगलीं
भोजपुरी लोकगीतन में महिला उत्पीड़न
इग्नू में भोजपुरी भाषा पाठ्यक्रम
परेम के बोली हS भोजपुरी
भोजपुरियन की नजर में सबसे पटाखा अउरी हॉट हिरोइन बाड़ी पाखी हेगड़े
पाक जमीन आऊरी बेपाक इरादा
कलियुग के दोहे
ई.टी.वी. के रंगारंग कार्यक्रम "फोक जलवा"
 

 

 
  Your Account
Login :               New account :
User Name
Password

d

 

      भोजपुरी स्पेशल
 
बिपिन बहार की बनवास समाप्त, तीन साल बाद लौटेंगे सिवान
हमार गॉंव : हमार घर
महानायक वीर कुंअर सिंह
बाबा बैधनाथ के महीमा
जय थावेवाली माई की !
बीरबल के लइकिनियो रहे बड़ी हुँसियार (खिस्सा)- प्रभाकर पाण्डेय
 
 
 

पहला पन्ना | ब्लॉग | कैसे शुरू भईल - पूर्वांचल एक्सप्रेस | भोजपुरी | साहित्य | फिलिम | संगीत | विश्व पटल पर भोजपुरी |
RSS | हमारे बारे में | हमारा पता | हमें बताइए | विज्ञापन | अस्वीकरण | गोपनीयता | शर्तें | साइट जानकारी
 
   Copyright PURVANCHAL EXPRESS All right reserved                                                                                                      Created By : SRIRAM SOFT TRADE SOLUTIONS