|
||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
|
||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
|
||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
|
भूलत बिसरत गीतन के याद दिलवात बा महुआ के लोकप्रिय रियलिटी शो - सुर संग्राम. लाली लाली होठवा से बरिसे ललइया.... , गोरकी पतरकी रे, जारे-जारे सुगना जा रे , माई रे माई तोर मनवा ..... भा महेंद्र मिसिर के पुरुबी अउरी भिखारी ठाकुर के बिदेसिया से पुरनका लोक-लहरा आ ठेठ भोजपुरी के खांटी सुगंध आ पुरबी बयार त बहते बा . साथही पछुआ बयार में उधियात आ नसात नया पीढी के ई एहसासो होता की भोजपुरिया संस्कृति के जड़ केतना गहिर आ समृद्ध बा. पहिले त इ हाल रहे कि लोग महेद्र मिसिर आ भिखारी ठाकुर के नाम तक ना जानत रहे . पूर्वांचल एक्सप्रेस के टीम दिल्ली, उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखण्ड रांची तक के यात्रा में इ पइलस की भोजपुरियन के हिया में समां गइल बा महुआ सुर संग्राम. भोजपुरियन के दिनचर्या बन चुकल बा.एगो भोजपुरिया भाई कहलन कि अगर हम कहियो महुआ टीवी ना देख पावेनी त अइसन लागेला कि हमार कुछ भुला गइल बा. उक्त बात सुर-संग्राम के म्यूजिक डाइरेक्टर सतीश-अजय पूर्वांचल एक्सप्रेस के सम्पादक से कहलीं. सतीश जी आगे कहनी कि 'भोजपुरिया फोल्क एक तरह से विलुप्त होखे के कगार प आ गइल रहे, ओके जिन्दा ही ना, जवान करे में महुआ टीवी के बहुत अहम योगदान बा. महुआ भोजपुरिया संस्कृति के विश्व पटल प प्रचार-प्रसार कर रहल बा, जवना के इ नतीजा बा कि आज देश के लगभग अधिकांश चैनल प भोजपुरिया संस्कृति से ओत-प्रोत टीवी सीरियल चल रहल बा. चाहे स्टार प्लस, कलर्स , जी टीवी भा NDTV इमेजिंग टीवी चारू ओर भोजपुरिये-भोजपुरी बा.
ताज़ा ताज़ा बिग बॉस ४ के ही लेली..... उहवों १४ में से २ गो प्रतिभागी भोजपुरी फिल्म से बा .मनोज तिवारी आ श्वेता तिवारी के बहुत शानदार स्वागत आ धमाकेदार एंट्री भइल . एहू में कहीं ना कहीं से महुआ टीवी के योगदान बा. महुआ टीवी पता ना केतना भोजपुरियन लइका - लइकी सभ के रोजगार देहलस, पहिले त भोजपुरियन पंजाबी, बंगाली भा मराठी टीवी चैनल देख के मन मसोस के रह जात रहलन .आपन भासा में एगो टीवी चैनल नहिखे ? - तब घोर अन्हरिया में आशा के किरण बन के महुआ टीवी ही आइल. दिल्ली के एगो भोजपुरिया बहिन कहली कि हमरा घर में एयरटेल IPTV लागल बा, ओमे महुआ टीवी ना आवेला, पर महुआ टीवी देखला बिना ना रह सकेनी सन, बस महुआ टीवी देखे खातिर केबल भी लगवा लेले बानीसन , मतलब कि खाली महुआ देखे खातिर अलग से २०० रुपया महिना देत बानीसन. रउआ से निहोरा बा कि महुआ टीवी से कह के AIRTEL IPTV प भी महुआ लगावे के कहीं लोग, जेसे जे लोग महुआ नइखे देख पावत उ भी देख सके. एने
सुर संग्राम प तरह-तरह के आरोप लाग रहल बा.
एह सभ आरोप प आपन सफाई देत महुआ टीवी के क्रिएटिव हेड उर्मिका राय कहली कि' इ सभ आरोप निराधार बा....... अइसन कवनो बात नइखे. हमनी के अपना जिम्मेदारी के पता बा. सउँसे दुनिया के नज़र हमनी प बा अउर हमनी के सबका उमेद प अब तक खरा उतरल बानीसन . एही सभ के नतीजा बा कि महुआ टीवी आ सुर संग्राम के टीआरपी दिन दूनी रात चौगुनी बढ रहल बा. सुर-संग्राम के पहिला बार के सफलता के परिणाम इ बा कि सुर संग्राम २ में बालीबुड के एक से बढ़ के एक हस्ती हिस्सा ले रहल बाडन. अरबाज , मलाइका, सोनाक्षी त फिल्म दबंग के परचार-प्रसार खातिर सुर संग्राम में आइए चुकल बाडन, रूप कुमार राठोड, इस्माइल दरबार, मनोज बाजपेयी, आरती छाबरिया, समीर अउर रेखा भारद्वाज आदि भी सुर संग्राम के शो में हिस्सा ले चुकल बाडन अउर एह बार के सुर संग्राम ग्रांड फिनाले में जवन की पटना में होखे वाला बा, , एह मेगा शो में भी बालीबुड के एक से बढ़ के एक हस्ती शिरकत करिहें. ''
:- कुलदीप श्रीवास्तव
|
|
|||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||||
| |
||||
|