सुर
संग्राम-2 के विजेता के बनल? इ कबले पता चली? कब होई सुर संग्राम
2 के फिनाले? का अब सुर संग्राम महुआ पर कभो होई? पचास तरह के
सवाल भोजपुरियन के मन में उठ रहल बा। का कबो इ सभ सवालन के जवाब
मिल पाई? इ सभ सवालन के लेके भोजपुरिया लोग बहुते मायूश बा।
जवन खुशी आ उत्साह सुर संग्राम-1 से भोजपुरियन के बीच रहे उ
सभ सुर संग्राम-2 धो देहलस।
भोजपुरियन अब उम्मीद छोड़ चुकल
बाडन की कभो उ लोगन के पता चली की सुरसंग्राम 2 के विजेता के
बनल? ममता रावत भा रधुवीर शरण श्रीवास्तव? का महुआ टीवी के कर्ता-धर्ता
लोगन के भोजपुरियन के भावना के तनिको मोल नइखे? काहे महुआ टीवी
सुर संग्राम-2 के फिनाले करावे के प्रति गंभीर नइखे लउकत?
महुआ चइनल काओर से पिछिला साल
के आखिरी में पटना के गाँधी मैदान में सुर संग्राम-2 के फिनाले
के आयोजन जरूर भइल रहे बाकिर ओह में अइसन बेवधान भइल कि विजेता
के परिनाम ना घोशित हो पावल। त का अब ओकर जरूरत नइखे जदी बा
त अबले कउना बाति के देरी बा? चइनल जवना उत्साह से ई रियल्टी
शो प्रसारित कइलस ओह से बेसी उत्साह से भोजपुरिया लोग ओकरा के
देखलस। एह से सभे ओकर रिजल्ट जाने के बेआकुल बा। आखिर देखनिहारन
भा विजेता बने के कगार पर चहुँपल गायकन के का दोश बा? जदी रिजल्ट
के घोशना बिना फिनाल कइले घोशित होता त देखनिहार लोग त निराश
होइबे करी, जीते वाला के भी शोहरत के लाभ ना मिल पाई। एह से
विजेता के कैरियर पर फरक पड़ी.
लखनऊ से श्रीमती विद्या देवी
जे 62 साल के बाडी, ऊ आजुले महुआ सुर संग्राम-2 के फिनाले देखे
खातिर इंतजार क रहल बाडी। उ लोग से पूछत रहेली कि कब होई सुर
संग्राम-2 के फिनाले? पर ई सवाल के जवाब कोई लगे ना रहेला। ऊ
महुआ टीवी के लगभग सभ शो भा सिरियल देखेली। उनकरा महुआ टीवी
पर अपना माई के भाशा में कौनो प्रोग्राम देखे में बड़ा अच्छा
लागेला। महुआ टीवी देखल उनकर दिनचर्या के एगो हिस्सा बन चुकल
बा। उनकर पतिदेव रवि भूशण जी नौकरी से रिटायर हो गईल बानी, उहा
के भी अपने धर्मपत्नी के साथे महुआ टीवी के प्रोग्राम देख के
ही अपना के व्यस्त राखेनी, पर उंहा के भी सुर संग्राम-2 फिनाले
ना भइला से बड़ा दुखित रहेनी। इ दंपति के सबसे पंसदीसा शो सुर
संग्राम शो रहे। ओही पर इ पता ना कहा से ग्रहण लग गईल बा। एह
परिवार के तरेह पता ना केतना परिवार सुर संग्राम-2 के फिनाले
देखे के आस लगइले बा? का ऊ लोगन के इ आस महुआ टीवी पुरा करी?
इ लोगन के साथे हमरो इहे सवाल बा का कभो सुर संग्राम फिनाले
होई?
|