Home / About Us / Contact us    
INDIAI DIASPORA FILM RAMAYAN CRICKET VYAKARAN BHOJPUR SAHITYA VIDEO BLOGS SHOWS PHOTOS  
TUBAAH MOVIES MUSIC HEALTH GOOD TIMES RECIPES GADGETS IMAGINE  
CLASSIFIEDS JOBS AUTO GIFTS  


महाबल मिश्रा आ विजया भारती सम्मानित
दिल्ली के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति मंच सम्मानित कइलस।

भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती

 

 
 

स्वागत बा हमरा gari.com पर आई, आ जेकरा के मन करे दम भर गरिआई



 

``केकर फोन रहल हा बड़ा देर तक बतिआवत रहलू``, नेता जी नेताइन से कहलें। नेताइन कुछो ना बोलली, त फेर नेता जी मजाक कइलें ``काहें हमरा से बतावे लायक नइखे का ? केहू के पटइले अटइले का बाड़ू``। नेताइन भनभनात कहली ``आ भागीं रउरा त हर बात में मजाके सूझेला, फोन केकर रहे, हमार भउजईया बुलडोजरा बो कइले रहे। नेता जी पुछलें ``का कहत बाड़ी हमार सरहज`` ? नेताइन कहली - कहत का बिया, रोअत रहे, बुलडोजरा मरले बा, आ गारी देले बा, उठा के भींडी के तरकारी फेंक देलस हा, कहत बा कि आलु काहे ना बनइलें हा। अब रउरे बताइं  इहो कवनो बात भइल, हती-हती बात खातीर मेहरारू के मारे, गरीआवे के चाहं ? बीस-पचीस के आलू बेचात बा, त आलू खाइल कवन जरूरी बा। दिल्ली में आके किराया प डेरा ले लेलस, मेहरारू लिया आइल, कमात घमात हइये नइखे, घरे से पइसा मंगावत बा आ उपर से महंगे सब्जी खाय के चाहीं। इ चाल रही त लगले गंव जाए के परी। मेहरारू बेचारी हिसाव से चलत बिया त कवन गलती करत बिया। नेता जी कहलें कि ``छोड़S जाए द इ झगरा ना ह इ रगड़ा ह, सरहज के कह द कि तनी टाइम से हाथ गोड़ दबा देव। मरद मेहरारू में होत रहेला, जादा परेशान करत बा त सरहज के बोलाS ल एहिजे तनी हमहुं मन फेरवन कर लीं। हउ गाना सुनले बाडू कि ना -

आज बलमुआ दिहले गारी हो
तरकारी के बिना ना
एक त मे गारी दिहले, उपर से मारी दिहले
तरकारी के बिना ना

सरवा तनी काड़ा पानी के ह। नेताइन के मन खुश करे खातीर नेता जी कहलें ``बुलडोजरा हमरा सरहज के मार देलस हा इ गलती कइलस हा``। गारी खाली देले रहीत त कवनो बात ना रहे ``गारी त सोहाग भाग ह``। नेताइन कहली ``हं इ त ठीके कहत बानी गारी त हमनी किहां बियाहो शादी में गवाला। एहिजा दिल्ली में आ के सभ भुला गइनी। ना त गावें रहीं त टोला में के लइकी ध ध  के ले जात रही स गारी गवावे खातीर। नेता जी सोफा प बइठ के अखबार पढते-पढते बात के आगे बढवलन -रोज त हमनी के लड़ाई होखवे करेला आज नीमन मुंड मे लागत बाडू- तनी एगो गारी हमरो के सुनाबS त- नेताइन आपन बड़ाई सुन के मने-मने धधा गइली आ सोचली कि आज ढेर दिन प नेता जी रसदार मूंड मे लागत बाड़न- तले नेता जी फेर टोक देलन-गावS गावS लजा मत, कढावS त साथे ले हमहुं गाइव। नेताइन गला साफ करत, कुर्सी पर बइठ गइली आ धधाइल अगराइल शुरू कइली- कहली कि जब समधी खाना खाए आवत रहन त गावत रहीं जा-
कोरा ढकनिया ले ले घुमेली, कवन बो छिनरो
के डलिहें दुधवा मे जोरनवा, हाय सिया राम के भजो
घर मे से निकले, कवन रसिया
हम डालब दूधवा मे जोरनवा, हाय सिया राम के भजो
हाथ मे किताब ले ले धुम ले कवन रसिया
के पिढहे इंगलीश पढईया, हाय सिया राम के भजो
घर मे से निकलेली छिनरो कवन बो छिनरो
हम पढव इंगलीश पढईया हाथ सिया राम के भजो
हमरो पढईया छिनरो, बडा रे कड़ईया हो
हो जइहें बबुआ खेलवना, हाथ सिया राम के भजो।।

अभी नेताइन गावते रही त ले नेता जी कहलन कि आपन कैसेट बंद करS मिश्र जी आवत बाडन मिश्रे जी नेता जी के पडोसी हवन। दिल्ली में एगो एन.जी.ओ. चलावेलन। नेताइन भाग चलली आ नेता जी फट से खडा हो के कहलन ``गोड़ लागS तानी बाबा`` आई बइठीं। हाल समाचार भइला के बाद फेर गारी प चर्चा शुरू हो गइल मिश्र जी भी कहलन गारी त बड़ा मिठास चीज ह हमनी भोजपुरीया संस्कृति में। अइसहूं ब्यबहारो में सरवा, ससुरा, बोका, चोन्हर, चुतीया, पाड़ा, बैल,गदहा, बकलोल,उल्लू लील डमरू, अइसन गारी के त केहू ध्याने ना देवे। इ सब सुसुभ्य गारी मानल जाला। हमरा गॉवे त एगो चुरामन बाबा बाडन, उनका खेत में केहू के बकरी पर गइल त जान जाइं कि नेता जी उ गारीआवत-गरीआवत टोला महाला एक कर दीहन। सात पुहुत के उद्धार कर देलन, मेहरारू सब मुंह में लुगा से ढंक के हंसत रहीहन स आ ड गरीआवत रहीहन। केहू उनका गारी के बुरा ना मानी। लइको कम बदमास ना रहन स धोबिया के गदहा हुलका के उनके खेतवा में कर देत रहन स, चाहे केहू के बकरी के खुंटा कबार के ओनिये हुलका देत रहन स। चुरामन बाबा गरीआवस त खूब मजा लूटत रहन स। खैर गारी अच्छा चीज ना ह, बाकिर हमनी किहॉ नब्बे प्रतिशत गारी मे प्यार के रस हो होला। बाकी आज-काल्हु हई नेता आ पत्रकार आ कुछ वेब साइट वाला लोग जे एक-दुसरा के गरीआवत बा लोग ओकरा में पहिले वाला प्यार के रस नहीखे लउकत।

मिश्र जी कहलन की गारी देवे में आजकाल नेतो लोग कम नइखे एलेक्सन में त आपन असली रंग देखावेला लोग बाकिर अइसे भी त एक दोसरा के गरिअइवे करेला लोग। इ बा कि तनी साफ सुथरा भाषा के प्रयोग करेला। तले नेता जी कहलन देखत नइखीं भाजपा में गोवा के मुख्यमंत्री पारीकर आपना नेता अडवानी जी के ही सरल अंचार के संज्ञा देले बाडन। केन्द्रीय मंत्री शशि थरूर सोनिया जी के हवाई जहाज के इकोनोमी क्लास के यात्रा के संदर्भ में इकोनोमी क्लास के कैटल क्लास (भेड़ बकरी की श्रेणीद्ध के संज्ञा देलन। नरेन्द्र मोदी के बुिढया आ गुडिया के डायलॉग लोग भुलाइल थोडे बा। तले मिश्र जी बोल पडलन दूर कहॉ जात बानी नेता जी, दिल्लीए मे देखीं ना ए ग्रेड के बिहारी बी ग्रेड के बिहारी से कहेलन ``बिहारी की तरह व्यवहार मत करो``। नेता जी कहलन कि जानत बानी मिश्र जी आज जवन ना नेताइन आपना भाई के गारी के चर्चा कइली गारी पर पुरा किताबे लिखा जाई - हमार त मन करत बा कि दम भर केहू के गरिआवे के मन करत होखे त एगो हम आउर एन.जी.ओ. बना देत बानी ``गारी अनुसंधान आ प्रशिक्षण सोसायटी``। आ एगो वेबसाइट भी बनवा देत बानी गारी डॉट कम (gari.com) आ एगो तीन महीना के डिप्लोमा कोर्स शुरू कर देत बानी ``गारी स्पीकींग कोर्स। का विचार बा ? अगर रउरो हमरा बिचार से सहमत बानी त हमरा एन.जी.ओ. के सदस्यता शुल्क जमा करीं। मात्र 3000/ में बनी गारी एक्सपर्ट/ आ राउर स्वागत बा हमरा हंतपण्बवउ पर इंहा आई आ जेकरा के मन करे दम भर गरिआई ।

:- : मुन्ना पाठक


E-mail: munnapathak5@gmail.com

घिनौना गोबर पर ढेला मारब त, घिन घिना जाइ सगरो

 
   
 
 
आज के समय सभसे हॉट नायिका पाखी हेगडे भोजपुरीयन के दिल की धड़कन बाडी। तनीयो कही उनकरा शादी के बाद होला चाहे उह कोनो फिल्म आ टीवी शो में ही .....
 
   

 
 

 

  pppppppppppppppppppppppppp  
  ppppppppppppppppppppppppppp  
  pppppppppppppppppppppppppp  
  pppppppppppppppppppppppppp  
   

   
 

 

  Copyright © 2001-2009 Purvachal Express. com 1.800.371.1224 • editor@purvachal express.com • Privacy Policy