Home / About Us / Contact us    
INDIAI DIASPORA FILM RAMAYAN CRICKET VYAKARAN BHOJPUR SAHITYA VIDEO BLOGS SHOWS PHOTOS  
TUBAAH MOVIES MUSIC HEALTH GOOD TIMES RECIPES GADGETS IMAGINE  
CLASSIFIEDS JOBS AUTO GIFTS  


महाबल मिश्रा आ विजया भारती सम्मानित
दिल्ली के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति मंच सम्मानित कइलस।

भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती

 

 
 
..... फेमस होखे के चाल

 


सच आ झूठ के फैसला खातिर देश में न्यायालय बनल बा. ई दू कौड़ी के वेबसाईट वाला के कहला से कवनो झूठ सांच ना हो जाई . आज केहू वेबसाईट खोल सकत बा . अपना सुविधा से , अपना-अपना पक्ष में , आपन-आपन सच गढ़ सकत बा. केहू से दुश्मनी निकाल सकत बा . केहू पर भड़ास निकाल सकत बा.


९-१० जनवरी २०१० , दिल्ली में आयोजित विश्व भोजपुरी सम्मेलन में हमरा के कवि के रूप में सादर आमंत्रित कइल गइल त सुधीर कुमार के बेचैनी लेस दिहलस आ एही से ऊ इ सब ड्रामा शुरू कइले बाडन . हम उनकरा के फेर समझावत बानी कि कवनो कवि , साहित्यकार या कलाकार के सृजन करे या मंच पर बोले से उनकर सात पुश्त नइखे रोक सकत .


का बिगाड़ लेलन सुधीर कुमार मनोज तिवारी के ????? का मनोज तिवारी के फिल्म मिलल बंद हो गइल? एंकरिंग बंद हो गइल? स्टेज पर गावल बंद हो गइल ? संस्था मनोज तिवारी के सम्मानित कइल बंद कर देली सन ? अगर मनोज तिवारी अतना घृणित बाडन त फेर सुधीर कुमार उनका पीछे- पीछे काहे घूमत बाडन ? मनोज तिवारी के खिलाफ लोगन में नफ़रत भरलन सुधीर कुमार आ आज खुदे सटल बाडन आ पीछे- पीछे घूमत बाडन . इ दोहरा चरित्र काहे ? का पब्लिक के मूर्ख नइखन बनावत सुधीर ? काहे नइखन मनोज तिवारी से नफ़रत करत सुधीर कुमार ? दरअसल इ सब सुधीर कुमार के फेमस होखे के चाल ह .


मनोज तिवारी भी दिल्ली वाला प्रोग्राम में शिरकत करत बाडन . सुधीर कुमार उनकर विरोध काहे नइखन करत ? मनोज तिवारी के छीछालेदर कइला के बादो सैकड़ो संस्था उनका के सम्मानित कइलस . काहे ना सुधीर ओह संस्थानन के खिलाफ अभियान चलवले ? काहे ना रोक लेले प्रोडूसरन के कि मनोज तिवारी के लेके फिल्म मत बनाव लोग . ....एगो रास्ट्रीय स्तर के संस्था मनोज भावुक के बोलवलस त सुधीर पूरा आसमान कपार पर काहे उठा लेलन ?


सुधीर बाबू ! केहू के सात पुश्त कवनो कलाकार के परफार्म करे से या कवि के लिखे पढ़े या मंच पर बोले से नइखे रोक सकत .
हालांकि दिल्ली वाला कार्यक्रम में हमरा पहुंचे के संभावना कम बा . हमरा माई के तबियत खराब चलत बा. साथही ओही तिथि पर कोलकाता में भी जरुरी कार्यक्रम बा . फिर भी संस्था के लोग सादर आमंत्रित कइले बा आ अगर हम ना पहुंच पायेब त ओह लोग के भावना के क़द्र करत विनम्रता पूर्वक माफी मांग लेब . दरअसल उ लोग मंच पर हमार जलवा देखले बा , हमरा व्यवहार आ लेखनी से प्रभावित बा , साथही कवनो अफवाह के ओह लोग पर असर पड़े वाला नइखे , उ लोग परिपक्व मानसिकता के बौधिक लोग ह, एही से सादर आमंत्रित कइले बा .


सुधीर कुमार के एगो और शिकायत बा कि हमार शुभचिंतक उनका के फोन करत बाडन .सुधीर जी , देश में हमार हजारो शुभचिंतक बाडन . अब के के, का का फोन कइल , हम का जानत बानी ? अब रहल बात कुछ इंटलेक्चुअल लोग के त उ जे तोहरा के समझावल उ सभे भोजपुरी के हस्ती बा, दुनिया देखले बा . हमरो के जानत बा . उ जानत बा कि इ सब जवन तू छपले बाड़ा , तहरा विकृत मानसिकता के उपज ह . एह से बड भइला के नाते उ लोग तहरा के समझावल लेकिन तू त अपना के दुनिया के सबसे होशियार आदमी बुझे ल , एही से इ अफवाह फइला के रखले बाड............त सुधीर बाबू तू इ अफवाह जिनिगी भर लटका के रख , हमरा कुछ फरक पड़े वाला नइखे . उलटे हमरा संतोष होई कि हमरा लोकप्रियता के लाभ एगो वेबसाईट के त मिलल .इहो हमार एगो उपलाब्धिये बा.


बहुत बढ़िया बा जवन जवन संस्था हमरा के सम्मानित करे ओकरा के हूक भर कोस . आज मनोज तिवारी महानायक बाडन . हर गली -कूंचा में उनकर आवाज गूंजत बा .आजकल आइडिया के सेट से फोन कइला पर पहिले उनके आवाज गूंजत बा त काहे नइखन सुधीर कुमार आइडिया कम्पनी के मना कर देत कि मनोज तिवारी के आवाज ना गूंजे के चाहीं .इहाँ सुधीर कुमार के अवकात नइखे . हरदम आदमी के अपना औकात में रहे के चाही.


सुधीर कुमार ना त मनोज तिवारी के अन्दर के कलाकार के मार सकत बाडन , ना ही मनोज भावुक के अन्दर के काव्य प्रतिभा के . .......इ त जेतने विरोध होई ओतने तप के औरी निखरी ,ठीक सोना नियर .

हाथी चले बाजार तS कुत्ता भौंके हजार….

 

गजल :- मनोज भावुक
भावुक के गजल हरेक शुक्रवार रात दस बजे



 
   
 
 
आज के समय सभसे हॉट नायिका पाखी हेगडे भोजपुरीयन के दिल की धड़कन बाडी। तनीयो कही उनकरा शादी के बाद होला चाहे उह कोनो फिल्म आ टीवी शो में ही .....
 
   

tr>
तहरे खातिर करेज कुहुकेला  
हम चाँद हईं त तू चाँदनी, हम सूर्य हईं त तू रोशनी  

हाथी चले बाजार तS कुत्ता भौंके हजार….

 
   
   
   


  Copyright © 2001-2009 Purvachal Express. com 1.800.371.1224 • editor@purvachal express.com • Privacy Policy