Home Page
Home / About Us / Contact us    
INDIAI DIASPORA FILM RAMAYAN CRICKET VYAKARAN BHOJPURI SAHITYA VIDEO BLOGS SHOWS PHOTOS  
TUBAAH MOVIES MUSIC HEALTH GOOD TIMES RECIPES GADGETS IMAGINE  
CLASSIFIEDS JOBS AUTO GIFTS  


महाबल मिश्रा आ विजया भारती सम्मानित
दिल्ली के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति मंच सम्मानित कइलस।

भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती

 

 
 
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा


 

भोजपुरी के दुनिया में कइगो पोपुलर कलाकार, अभिनेता, अभिनेत्री, लीडर, गायक, लेखक, वेबसाइट संचालक आ भोजपुरी क्षेत्र से जुडल पावरफुल लोग बा | आईं पूर्वांचलएक्सप्रेस.कॉम पर ई भोजपुरी रतन के बारे में "हॉल ऑफ़ फ़ेम" में अउरी जानकारी पाईं |

एही कड़ी में हमनीसन बिहार कोकिला पद्मश्री शारदा सिन्हा जी के बारे में, उनुकर कुछ अनछुहल पहलु रउआ लोगन के सामने ला रहल बानी। शारदा सिन्हा एगो खाली नांव ना ह? ई अपना संस्कार, संस्कृति आ परम्परा से सउनाईल गवनई के पुरहर थाती हई।

* भोजपुरी हॉल ऑफ़ फ़ेम ( भोजपुरी रतन ) *

१. पूरा नाम : शारदा सिन्हा

२. पोपुलर नाम : शारदा दीदी

३. जनम स्थान : ग्राम हुलास, जिला सुपौल, बिहार

४. जनम दिन : ०१ अक्टूबर, १९५२

५. परिचय : भोजपुरी आ मैथिली लोकगीतन के गा गाके संस्कार आ परम्परा के आगे बढ़उनी. मन में हमेशा इहे हुलास रहेला कि हम जिनगी के आकिरी क्षन ले गावत रहीं.

६. गाँव-जिला (नेटिव प्लेस) के नाम : बिहार के जिला सुपौल के गाँव हुलास

७. भोजपुरी से कब और कैसे लगाव भइल? बचपन से.

८. भोजपुरी भाषा,भोजपुरी मीडिया आ लोकगायकी के वर्तमान हालत पर कुछ कहीं ? "भोजपुरी में बढ़िया काम हो रहल बा. सिनेमा से लेके पत्रिका ले आ पत्रिका से लेके चइनल ले सभ कुछ न बा अपना भोजपुरी में, बस मन में कब्बो कब्बो अश्लील आ दुअर्थी गीत सुनला का बाद दुख होला बाकिर मीडिया आपन रोल बढ़िया तरीका से निभा रहल बा. लोकगायन में फइलाव हो रहल बा एह भाषा के मिठासे एकर सरलता के परिचायक ह, भाषा सहज बा बाकिर कुछ लोकगायक सस्ता लोकप्रियता खातिर अधैर्य होके शार्टकट अपना रहल बा जेसे लोकगायकी के छवि खराब हो रहल बा.

९. आपन बचपन के बारे में कुछ बताईं ? "स्कूल में जब पढ़त रहनी त अपना सखियन का संगे बिना प्राचार्य जी के बतउले सूर्य ग्रहन के बाद गंगा नहाये चल गइल रहीं त चार घंटा घाम में खड़ा रहला के सजाय भुगते के पड़ल रहे"

१०. भोजपुरी बोले आ सीखे के सबसे अच्छा उपाय का बा ? "आपस में भोजपुरी में बतिअवला से आ भोजपुरी के सुरुचिपूर्ण पत्रिका भोजपुरी संसार पढ़ला से"

११. सबसे फेवरेट भोजपुरी फ़िल्म / गाना : फिलिम "गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबे" आ गाना "लाली लाली होठवा से बरसे ला ललईया हो कि रस चुएला जइसे अमवा के मोजरा से रस चुएला....."

१२. सबसे फेवरेट भोजपुरी शब्द / कहावत : शब्द "राउर" आ कहावत " गाछे कटहर ओठे तेल"

१३. सबसे फेवरेट भोजपुरी खाना : "चिउड़ा, छालीवाला दही आ हरिहर मरिचा"

१४. कवनो अइसन घटना बताईं जवना के वजह से लाइफ में टर्निंग पॉइंट भइल ?
"बचपने से हमरा मन में गावे के साध रहे हम अपना घर के आँगन से गावल शुरु कइनी त पहिला हाली हमार भाभी एगो नेग के गीत गावे के सिखउली "द्वार के छेकाई नेग पहिले चुकइयो ऐ दुलरुआ भईया...." इहे हमरा जिनगी के टर्निंग प्वाइन्ट बनि गइल.

१५. युवा वर्ग औरी यंग जेनरेशन के गायकन खातिर राउर का मेसेज बा ? "जवनकन में जोरदार क्षमता होला एह से ऊ क्षमता के रचनात्मक दिसाई लागवे के चाही आ गायकी के लोकप्रिय बनावे ला बढ़िया साफ सुथरा गाना छाँट के गावे के चाहीं, एही से लमहर पहचान बनेला"

१७. भोजपुरिया समाज के सफल होखे खातिर का करे के चाहीं ? सभसे संवाद बनावे के चाहीं.

१८. भविष्य में भोजपुरी के क्षेत्र में औरी का फिउचर प्लान बा ? भोजपुरी के बढ़िया बढ़िया हर तरेह के पारम्परिक गानन के श्रृंखला बनावे के कोशिश बा.

१९. कुछ लोगन के कहनाम बा कि भोजपुरी "गँवारू आ पिछड़ल" भाषा हs - राउर कमेन्ट का बा ? कउनो भाषा गँवारू आ पिछड़ल ना होला, भाषा आदमी के पहिचान होला.

२०. भोजपुरी "हाल ऑफ़ फ़ेम" में राउर नाम चुनल गईल बा - कईसन लागता ? राउर कोशिश सारथक बा.

२१. भोजपुरी के अलावा औरी कवन-कवन भाषा जानेनी ? हिन्दी, मैथिली, भोजपुरी आ अंगरेजी

 


 
   
 
 
आज के समय सभसे हॉट नायिका पाखी हेगडे भोजपुरीयन के दिल की धड़कन बाडी। तनीयो कही उनकरा शादी के बाद होला चाहे उह कोनो फिल्म आ टीवी शो में ही .....
 
   


भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती
भोजपुरी कविता के रंगीन चुनरी के रंगरेज के नाव ह डा. गोरख प्रसाद 'मस्ताना'
भोजपुरी संस्कृति के थाती हईः सरिता बुधु
भोजपुरिया रतन आ भोजपुरी साहित्य के सशक्त हस्ताक्षरः भवगती प्रसाद द्विवेदी
भोजपुरियन के पसंदीदा गीतकार आ भोजपुरी रतन विपिन बहार
भोजपुरी पत्रकारिता के पहचान के नाव ह भोजपुरी रतन ओंकारेश्वर पाण्डेय
पूरबी के बेताज बादशाह : महेन्दर मिसिर
भोजपुरी लोकगायकी के विश्वविद्यालय हई- मैनावती देवी
 
 
 
 
 
 
 


  Copyright © 2001-2009 Purvachal Express. com 1.800.371.1224 • editor@purvachal express.com • Privacy Policy