 |
|
 |
| |
बरखा में जलवा मुन्नी बाई के |
|
|
|
सोचि रउआ सभे अगर
रउआ मुंबई के बरखा में अदरक के चाय अउरी गर्मागरम भजिया के साथे
थियेटर में मुन्नी बाई के जलवा देखे के मिले त केतना मजा मिली।
सॉचु में इहे सभ कुछ होखे वाला बावे, आवे वाला तीन जुलाई से,
जब मुंबई के अधिकांश थियेटर में भोजपुरी फिल्म `मुन्नीबाई नौटंकीवाली´
के जलवा रउआ सभे के देखे के मिली। गांव-देहात में समियाना लगाके
नौटंकी करेेवाली लड़किन सभ के दर्द से भरल कहानी प आधारित एह
फिलिम में भोजपुरी के `चांदनी बार´ कहल जा रहल बा। जे भी इह
फिलिम देखले बावे उह सभ लोगन `मुन्नीबाई नौटंकीवाली´ के दिवाना
हो गइल बावेे। बिहार में इह फिलिम आपन सफलता के सगरो रिकार्ड
ध्वस्त कर देले बा। इह फिलिम कें एक से बढ़कर एक गांव देहात के
नौटंकी वाला गाना त बरले ही बा, साथ ही साथ कामेडी के एक से
बढ़कर एक पंच भी देखे के मिलत बा। फिलिम के निर्माण जितेश दुबे
कइले बारेन, जिनकर फिलिम `धरम वीर´ सफलता के नया फामूZला खोजले
रहे। इह फिलिम में `मुन्नीबाई नौटंकीवाली´ में मुन्नी बाई के
किरदार कमसिन आ सेक्सी रानी चटर्जी निभइले बाडी अउरी साथ में
उनक नायक के रूप में बाली बारेन। बाली जेकरा के भोजपुरी फिलिम
जगत में छेदी के नाम से भी जनल जाला। एह फिलिम के निर्देशन भी
बाली ही कइले बारेन।
 |
|
|
|
 |
|
 |


|
![]()  |